Mai Ke Dhamwa Dekh Ke Lyrics


Mai Ke Dhamwa Dekh Ke Lyrics

माई के धमवा देख के
अईसन मनवा मोर करे हो राम ।।२
रही जईती हम एही नगरिया…
रही जईती हम एही नगर
जईतीना अपना घरे हो राम
रही जईती हम एही नगरिया
जईतीना अपना घरे हो राम

माई के धमवा देख के
अईसन मनवा मोर करे हो राम।।२
रही जईती हम एही नगरिया…
रही जईती हम एही नगर
जईतीना अपना घरे हो राम
रही जईती हम एही नगरिया
जईतीना अपना घरे हो राम

विष्णु जी आई गोहरावे ले
शंकर जी डमरू बजावे ले।
वीणा के तान पर नारद बाबा
माई भजनिया सुनावे ले।। २
माई दुवरिया देवतो के राजा
रोजे पनिया भरे हो राम…
माई दुवरिया देवतो के राजा
रोजे पनिया भरे हो राम
रही जईती हम एही नगरिया
जईतीना अपना घरे हो राम।।

माई बदे फुलवा फुलाई जाला
मालिन मन के आगराई जाला।
पान के पतईया के बर भाग रे
माई चरनिया में आई जाला।।२
कामधेनु गैया पर खुश होली मैया
अपने दुधवा ढारे हो राम…
कामधेनु गैया पर खुश होली मैया
अपने दुधवा ढारे हो राम
रही जईती हम एही नगरिया
जईतीना अपना घरे हो राम।।

रोज विश्वकर्मा जी आवेले
माई के मंदिर सजावेले।
ब्रह्मा जी अलख जगावे ले
भक्ति में सबके झूमावेले।।२
चौंसठ जोगिनिया चंवर डुलावे
झुर झुर पवनवा झरें हो राम…
चौंसठ जोगिनिया चंवर डुलावे
झुर झुर पवनवा झरें हो राम
रही जईती हम एही नगरिया..
रही जईती हम एही नगर
जईतीना अपना घरे हो राम।।

माई के धमवा देख के
अईसन मनवा मोर करे हो राम ।।२
रही जईती हम एही नगरिया…
रही जईती हम एही नगर
जईतीना अपना घरे हो राम
रही जईती हम एही नगरिया
जईतीना अपना घरे हो राम

Mai Ke Dhamwa Dekh Ke Lyrics

Leave a Comment

आरती : जय अम्बे गौरी